💐छूट गइल गाँव हमार💐
आचरा के छाँव छूटल ,ममता के गांव छूटल,छूट गइल माई के दुलार
घर परिवार छूटल,निमिया के डाढ़ छुटल,छुटले लड़कपन के यार
बाली रे उमरिया में,हो गइनी नोकरिहा,होई गइल बानी जिम्मेदार
कुल अधिकार छुटल ,सवख सिंगार छुटल,मिट गइल बचपन हमार
नदिया के पार छुटले,गंगा जी के धार छुटले,छूट गइल होरहा आहार
बाली रे उमरिया में,हो गइनी नोकरिहा,होई गइल बानी जिम्मेदार
लाई के मिठाई छुटल,मिठाका दवाई छुटल,छूट गइल लड्डू आ कसार
डोमकच के नाच छुटल,गांव के बारात छुटल,छूट गइल आम के आचार
बाली रे उमरिया में,हो गइनी नोकरिहा,होई गइल बानी जिम्मेदार
खेत के पटावल छुटल ,भुजना भुजवाल छुटल,छूट गइल बाटे घूँसार
छठ दुर्गापूजा छुटले, छूट गइल घाटो कुटल,छूट गइल पर्व त्योहार
बाली रे उमरिया में,हो गइनी नोकरिहा,होई गइल बानी जिम्मेदार
शहर में मस्ती खूब बिछलहर बा बाकी मन लागे ना हमार
कहेले मनीष ,मिलल ढ़ेर बकसीस,बाकी याद आवे आपने दुवार
बाली रे उमरिया में,हो गइनी नोकरिहा,होई गइल बानी जिम्मेदार
-